Tuesday, April 9, 2024

चइत मासे लिहले जनमवा जगतपति, अवधपुरी में –: शिब्बू गाज़ीपुरी ( भोजपुरी गीत संग्रह - लोक मंजरी )

चइत मासे लिहले जनमवा जगतपति, अवधपुरी में।

चइत मासे लिहले जनमवा हो रामा अवधपुरी में।

 

मध्य दिवस बीच नवमी के दिनवां,

सीतल मंद-मंद झुरुके पवनवां,

कोसिला के बनले ललनवा जगतपति, अवधपुरी में।

चइत मासे लिहले.............

 

राजा दसरथ जी के ललसा पुराइल,

रिद्धि-सिद्धि उतरी अजोधिया में आइल,

बरसत फूल गगनवा जगतपति, अवधपुरी में।

चइत मासे लिहले.............

 

गहगह अनघ बधाइया बाजत,

मंगल गीत सभे जन गावत,

पूरा कइले सबकर सपनवा जगतपति, अवधपुरी में।

चइत मासे लिहले.............


गीतकार-----

हरविंदर सिंह उर्फ शिब्बू गाज़ीपुरी

ग्राम युवराजपुर जिला गाज़ीपुर

संपर्क सूत्र - ९९९०८७०१२१



 

0 comments:

Post a Comment