
अपना खेतवा सिवनियागोदि में होरिलवा लेई माथे धइ घरिलवा,धनिया चsलि दीहलि,अपना खेतवा सिवनिया धनिया चsलि दीहलि। डेगे-डेगे जालि धइ पतरी डगरिया,सोहेला बदनिया प धानी रंग चूनरिया,रूनुझूनु बाsजेले पाँव-पयजनिया, धनिया चsलि दीहलिअपना खेतवा सिवनिया धनिया चsलि दीहलि। झूरु-झूरु बहेला पवन पूरुवईया, डोलेले कमरिया जइसे नदि बीच नईया,बड़ा नीक लागेला कमर-करधनिया, धनिया चsलि दीहलि अपना खेतवा सिवनिया धनिया चsलि दीहलि। सगरो...