Tuesday, April 9, 2024

सारदा माई दे दिहीं गियनवां –: शिब्बू गाज़ीपुरी ( भोजपुरी गीत संग्रह - लोक मंजरी )

सारदा माई दे दिहीं गियनवां

ज्ञान अउरी बुद्धि के खजनवां। 

सारदा माई दे दिहीं गियनवां॥

 

हथवा में वीणा अउरी हंस के सवारी,

कमल सफेद हाथे, श्वेत वस्त्रधारी,

चमकेला धरती, असमनवां।  

सारदा माई दे दिहीं गियनवां॥ 

     

रऊरी चरनियां में मथवा नवाइलां,

सभवा में पहिले-पहिले रउरे गून गाइलां,  

हीरदय में राखिलां धियनवां। 

सारदा माई दे दिहीं गियनवां॥

 

दे दिहीं सरनिया अपना अँचरा के छहियां,

चले के ना ढंग हमरो थाम्ह लीहीं बंहियां,

पूरा करीं मोरा अरमनवां। 

सारदा माई दे दिहीं गियनवां॥ 



0 comments:

Post a Comment