Monday, April 20, 2026
मैया, मैं तो चंद-खिलौना लैहौं -: सूरदास
Monday, April 13, 2026
बहुत नाच जिनिगी नचावत रहलहँसावत, खेलावत, रोआवत रहल मनोज 'भावुक'
Sunday, April 12, 2026
चल चली माई कामख्या स्थानवा ए बलमु पूरा करिहें अरमानवा ए बलमु गीत -:कुश तिवारी
चल चली माई कामख्या स्थानवा ए बलमु
पूरा करिहें अरमानवा बलमु
सुनी न की मैया हमार हई बड़ा दानी,
भक्तन के लाज रखेली महारानी
मैया के चढ़ावल जाई नरियर चुनरिया ए बलमु
पूरा करिहें अरमानवा बलमु....…..
निर्धन के धन देली कोढ़ीयन के तनवा
सेवक बझीनियन के दे दे ली लालनवा
रातभर जागल जाई माई के सरनवा ए बालमु
पूरा करिहें अरमानवा बलमु...........
ग़ाज़ीपुर से तनिक दूरी माई के बा धमवा
मन मे विचार बाटे आई हम सरनवा
कुश तिवारी गईहै माई के भजनवा ए बलमु
पूरा करिहें अरमानवा बलमु
गीतकार -: कुश तिवारी
Monday, April 6, 2026
दिल चुरावे ना आवेला उनकागुल खिलावे ना आवेला उनका -: मनोज भावुक
Thursday, March 19, 2026
चैती -: जाइब देवी के दुवरिय हो रामाहोत भोरहरिया
जाइब देवी के दुवरिय हो रामा
होत भोरहरिया
देवी दुवारे बाजे अनघ बधाइयां 3
अरे मईया झूले निमिया के डलिया हो रामा 2
होत भोरहरिया
जाइब देवी के दुवरिय हो रामा
बेला चमेली के, माला मगाइबे 3
सांगवा में नरियर चुनरिया हो रामा 2
होत भोरहरिया
जाइब देवी के दुवरिय हो रामा
हिय बसे मोरे मैया के सुरतिया 3
दिहे दरश मोरी मयरिया हो रामा 2
होत भोरहरिया
जाइब देवी के दुवरिय हो रामा
सुनीला अरज बाटे जबले जिनिगिया
पूजबे चरन बन पूजरिया हो रामा
होत भोरहरिया
जाइब देवी के दुवरिय हो रामा
गीतकार श्री जितेंद्र सिंह जीत
गायन प विजय कपूर जी
Tuesday, March 17, 2026
चैती - नइहर से केहु ना आईले रामाबितले फगुनवा मैथली ठाकुर
नइहर से केहु ना आईले रामा
बितले फगुनवा
बाबा मोरा रहते त नौवां के पठावते
साड़ी संग चुडिया सेनुरा हो रामा
बितले फगुनवा
नैहर से केहु ना आईले रामा........
अम्मा मोरा रहती भैया के पठवती
भौजी के कठिन करेजा
बितले फगुनवा
नइहर से केहु ना आईले रामा
Saturday, March 7, 2026
चढ़ते फागुन के हों महीना देवरा पीछे पड़ल कमीना













