होली खेले घनश्याम, वृंदा वन में धूम माचो रे 2
होली खेले घनश्याम होली खेले 2
होली खेले घनश्याम 2, वृंदा वन में धूम माचो रे 2
रंगवा अबिरिया उड़ावे ले मुरारी
उड़ावे ले मुरारी 2
लाली चुनर में भिगेली राधा प्यारी
भिगेली राधा प्यारी 2
अरे बजेला मजीरा ढोलक झाल हो 2
वृंदा वन में धूम माचो रे.......
देवघर में खेलत बाणे होली वैद्यनाथ जी
होली वैद्यनाथ जी 2
मैया पार्वती जी देत बाड़ी साथ जी
देत बाड़ी साथ जी 2
फागुन में झूमे ला चारो धाम हो
वृंदा वन में धूम माचो रे............
अवध में बनत बा खुबे पकवान जी
खुबे पकवान जी
राम जी के संग रंग खेले हनुमान जी
खेले हनुमान जी
अरे केकर केकर धरी हम नाम हो 2
वृंदा वन में धूम माचो रे............







0 comments:
Post a Comment