Friday, April 7, 2023

चलके विंध्याचल मंदिर में दुख दर्द सुनाई मैया देवी पचरा –मनोज तिवारी जी


जय हो विंध्याचल मैया काली कोह के महारानी
जय हो अष्टभुजा माई संकट हरनी कल्याणी

आ आ ............

चलके विंध्याचल मंदिर में दुख दर्द सुनाई मैया के 
दर्शन से भाग चमक जाला दर्शन करि आइब मैया के
मैया के दर पे भवानी विंध्याचल दर पे 
ममता के भंडार दया करुणा आ सागर के
चलके विंध्याचल मंदिर.........

दर्शन से  भाग ......... कोरस

जब जब कौने विपदा आवे तब ध्यान चरण आ जाला 
मैया के लेते नाम मृदुल संकट के काल परा जाला
दरबार में  २ संकट हरनी के सौ पग पतवार हे नैया के

कोरस 
चलके विंध्याचल मंदिर में दुख दर्द सुनाई मैया के 
दर्शन से भाग चमक जाला दर्शन करि आइब मैया के

आशा में बचपन से बानी सुनिह कबहू मैया रानी २
ओहि चरण में २ बैठल ध्यान करब गुणगान सुनाई मैया के
चलके विंध्याचल मंदिर......... कोरस

कैसे आई छुछे हाथे इस सोच के मत घबरा पागल २
सब जाने ली २ उनसे का परदा केतना ले छुपाई मैया से
चलके विंध्याचल मंदिर......... कोरस

बेला फूल चमेली उधावुल लेके डालियां में 
नारियर चुनरी टीका ले विंध्याचल गलियां में
चलके विंध्याचल मंदिर
कोरस
दर्शन से भाग चमक जाला दर्शन करि आइब मैया के
चलके विंध्याचल मंदिर


0 comments:

Post a Comment