Monday, March 25, 2024

लेके रंगवा गुलाल होरिया में आव ना सजनवा –: शिब्बू गाज़ीपुरी ( भोजपुरी गीत संग्रह - लोक मंजरी )

लेके रंगवा गुलाल, होरिया में आव ना सजनवां।

                                  

चढ़ते फगुनवां जागल मोरा असरा,

तोहसे मिलन के लागल मोरा असरा,

दिनवां गीनत बीते साल, होरिया में आव ना सजनवां।

लेके रंगवा गुलाल, होरिया में आव ना सजनवां॥

 

देवरा बा लरिका कुछऊ ना जनेला,

खुबे जीदियाला एगो बतियो ना मानेला,

भइल बाटे जिया के जवाल, होरिया में आव ना सजनवां। 

लेके रंगवा गुलाल, होरिया में आव ना सजनवां॥

 

केतने फगुनवां बितल बिना तोहरा,

आई के लगाव रंग बन जिन निठोहरा,

तनी हमरो कईs खियाल, होरिया में आव ना सजनवां। 

लेके रंगवा गुलाल, होरिया में आव ना सजनवां॥




0 comments:

Post a Comment