My Parents Shree Jai Prakash Tiwari Kanchan Tiwari

Go to Blogger edit html and find these sentences.Now replace these sentences with your own descriptions.

Lav Tiwari and Kush Tiwari Live Performance at Chhat Mahotsav in Noida

If you want to show this vedio please click this image.

This is default featured slide 3 title

Go to Blogger edit html and find these sentences.Now replace these sentences with your own descriptions.

Me and Noida MLA Smt Vimla Batham

Go to Blogger edit html and find these sentences.Now replace these sentences with your own descriptions.

Lav Tiwari and Kush Tiwari on Mahuaa Plus

Go to Blogger edit html and find these sentences.Now replace these sentences with your own descriptions.

Big Brother Ravi Pratap Singh

Go to Blogger edit html and find these sentences.Now replace these sentences with your own descriptions.

Me Ravinder Goel and Chiranjeet Sir

Go to Blogger edit html and find these sentences.Now replace these sentences with your own descriptions.

Wednesday, November 20, 2024

हे गजवदन गणेश जी हम तोहके पुकारीं -: विद्या सागर "सागर सनेही

हे गजवदन गणेश जी हम तोहके पुकारीं
विघ्न हरण विघ्नेश जी हम तोहके पुकारीं

हाथी के मुंह राउर मानुष के तनवा
आवे जायेके बाटे मूस के सधनवा
सिद्धि सदन सर्वेश जी हम तोहके पुकारीं
हे गजवदन गणेश जी हम तोहके पुकारीं

अग्र पुजित गणपति गण नायक
विघ्न विनाशक हे सुखदायक
कृपा कर हरमेश जी हम तोहके पुकारीं
हे गजवदन गणेश जी हम तोहके पुकारीं

माथे मुकुट सोहे चार भुजा धारी
एक दन्त दयावन्त संत हीतकारी
सागर के हर लीं कलेश जी हम तोहके पुकारीं
हे गजवदन गणेश जी हम तोहके पुकारीं



पीके शराब संइया देलें रोज गरियाकरम हमार फूटल बा ए महतरिया -: विद्या सागर "सागर सनेही

पीके शराब संइया देलें रोज गरिया
करम हमार फूटल बा ए महतरिया

टोकला पर कहें पीहीं आपन कमाई
देले नाहीं पइसा हमके तोर बाप माई
बोलबी जो ढेर खइबी लबदा के मरिया
करम हमार फूटल बा ए महतरिया

घर में ना बाटे अब एगो बरतनवा
धीरे धीरे बेंचि दिहलस सगरी गहनवा
अब त बेचे की खातिर मांगे मोरी सारिया
करम हमार फूटल बा ए महतरिया

मना अगर करीं त तूरे लागे बक्सा
कहेला कि मारि के बिगाड़ देइब नक्शा
काटे खातिर लेके दउरे फरुहा,कुदरिया
करम हमार फूटल बा ए महतरिया

बलमा बेदर्दी के कइसे समझाईं
"सागर सनेही" कुछ रउयें बताईं
हमरा के सूझे नाहीं कवनो डहरिया
करम हमार फूटल बा ए महतरिया



ताना मारे बाली, हो बिंदिया, रोवेला कजरवा -: विद्या सागर "सागर सनेही

ताना मारे बाली, हो बिंदिया, रोवेला कजरवा
पिया पजरवा नइख
कइसे करीं तोहरे बिन गुजरवा
पिया पजरवा नइख

दिनवा त बीत जाला बीते नाहीं रतिया
अंखिया से बिसरे नाहीं तोहरी सुरतिया
जागल, जागल होई जाला भिनसरवा
पिया पजरवा नइख
कइसे करीं तोहरे बिन गुजरवा

सुधियो ना लिहल पिया जहिया से गइल
कवने कामे में जाके तूं हूं अझुरइल
समझ में आवे नाहीं कवनो मजरवा
पिया पजरवा नइख
कइसे करीं तोहरे बिन गुजरवा

हमरा के साले एगो शक वाली बतिया
रखिह ना संइया तुंहू कवनो सवतिया
सागर सनेही हमके तोहरे असरवा
पिया पजरवा नइख
कइसे करीं तोहरे बिन गुजरवा


जियता में नाहीं, नाहीं मुअला में अइल,बेटा ई का कइल -: विद्या सागर "सागर सनेही

जियता में नाहीं, नाहीं मुअला में अइल,
बेटा  ई का कइल,
 रीतियो रिवाज भूलि गइल
जबले जियल माई सबही से कहलस
बचवा हमार आई रहिया निहरलस
आवेके कहिके तूंहूं काहे नाहीं अइल
बेटा ई का कइल, रितियो............... 

रुक गइली सांस, आश जिनगी के टूटल
तोहके निहारे खातिर आंख रहे खूलल
प्रीतिया के रीति त्यागी कहाँ अंझुरइल
बेटा ई का कइल रीतियो................ 

जीवन के साथी जब छोड़ि दिहली साथ हो
कइसे बिताइब दिनवा नइखे सुझात हो
"सागर" होइब हमार कइसे, माई के ना भइल
बेटा ई का कइल रीतियो रिवाज भुलि गइल