नाही बाटे गोदिया में एकहु ललनवा दुर्गा मैया हो
पूरा क द अरमनवा दुर्गा मैया हो
निर्धन के धन देलू कोढ़ीयन के तनवा
सेवक बझिनियन के दे देलु ललनवा
पूरा होते मनसा बजाई दुवरा बजनवा दुर्गा मैया हो
पूरा क द अरमनवा दुर्गा मैया हो
नाही गुंजे किलकारी हमारी अंगनवा
पूरा क द मैया हमारी सपनवाँ - २
अगना दुवारे खूब गंवाई सोहर गनवा दुर्गा मैया हो
पूरा क द अरमनवा दुर्गा मैया हो
सुनीं न कि मैया हमार हई बड़ा दानी
भक्तन के लाज राख लेली महारानी
लव कुश तिवारी गईहे माई के भजनवा दुर्गा मैया हो
रोवतिया बाझिन मैया रउरे सरनवा दुर्गा मैया हो
पूरा क द अरमनवा दुर्गा मैया हो
नाही बाटे गोदिया में एकहु ललनवा दुर्गा मैया हो
पूरा क द अरमनवा दुर्गा मैया हो













