Saturday, June 6, 2026

नाही बाटे गोदिया में एकहु ललनवा दुर्गा मैया होपूरा क द अरमनवा दुर्गा मैया हो कुश तिवारी

नाही बाटे गोदिया में एकहु ललनवा दुर्गा मैया हो

पूरा क द अरमनवा दुर्गा मैया हो


निर्धन के धन देलू कोढ़ीयन के तनवा

सेवक बझिनियन के दे देलु ललनवा

पूरा होते मनसा बजाई दुवरा बजनवा दुर्गा मैया हो

पूरा क द अरमनवा दुर्गा मैया हो


नाही गुंजे किलकारी हमारी अंगनवा

पूरा क द मैया हमारी सपनवाँ - २

अगना दुवारे खूब गंवाई सोहर गनवा दुर्गा मैया हो

पूरा क द अरमनवा दुर्गा मैया हो


सुनीं न कि मैया हमार हई बड़ा दानी

भक्तन के लाज राख लेली महारानी

लव कुश तिवारी गईहे माई के भजनवा दुर्गा मैया हो

रोवतिया बाझिन मैया रउरे सरनवा दुर्गा मैया हो

पूरा क द अरमनवा दुर्गा मैया हो


नाही बाटे गोदिया में एकहु ललनवा दुर्गा मैया हो

पूरा क द अरमनवा दुर्गा मैया हो

0 comments:

Post a Comment