देवरा निहारै पीपर झरै पाती
हमरी उमिरिया फरै दिन-राती
गरवा में नेहिया के लागत गरँउआ
कोंइया खिलै मोरे मन के तलइया
भँवरा भइल बा ननद तोर भइया
रहि-रहि पुकारेला नान्हे के नँउआ
भोरहीं सिवाने में बिरहा सुनाला
साँझे दलानी में रमायन गवाला
ससुरू गढ़इता के 3 बाजे खँड़उआ,
घरवा के पच्छिम आम के बगइचा
पुरुब पड़ोसिन बिछावैं गलइचा
अँगना में निबिया कै झखनार छँउआ
उत्तर निहारीं त नइहर देखाला
दक्खिन पहाड़े क झरना सुनाला
बहतै सुहावत बा पंथी के ठँउआ















