My Parents Shree Jai Prakash Tiwari Kanchan Tiwari

Go to Blogger edit html and find these sentences.Now replace these sentences with your own descriptions.

Lav Tiwari and Kush Tiwari Live Performance at Chhat Mahotsav in Noida

If you want to show this vedio please click this image.

This is default featured slide 3 title

Go to Blogger edit html and find these sentences.Now replace these sentences with your own descriptions.

Me and Noida MLA Smt Vimla Batham

Go to Blogger edit html and find these sentences.Now replace these sentences with your own descriptions.

Lav Tiwari and Kush Tiwari on Mahuaa Plus

Go to Blogger edit html and find these sentences.Now replace these sentences with your own descriptions.

Big Brother Ravi Pratap Singh

Go to Blogger edit html and find these sentences.Now replace these sentences with your own descriptions.

Me Ravinder Goel and Chiranjeet Sir

Go to Blogger edit html and find these sentences.Now replace these sentences with your own descriptions.

Monday, April 6, 2026

दिल चुरावे ना आवेला उनकागुल खिलावे ना आवेला उनका -: मनोज भावुक

दिल चुरावे ना आवेला उनका
गुल खिलावे ना आवेला उनका
 
बात के त लगा लेलें दिल से
दिल लगावे ना आवेला उनका
 
जान से जादा चाहेलें हमके
ई बतावे ना आवेला उनका
 
साध लागेला हमरो कि रूसीं
पर मनावे ना आवेला उनका
 
बाड़े गजबे छलक जालें कतहूं
गम छुपावे ना आवेला उनका
 
सब पे विश्वास कर लेलें भावुक
आजमावे ना आवेला उनका

ग़ज़ल
© मनोज भावुक 


Thursday, March 19, 2026

चैती -: जाइब देवी के दुवरिय हो रामाहोत भोरहरिया

जाइब देवी के दुवरिय हो रामा

होत भोरहरिया


देवी दुवारे बाजे अनघ बधाइयां 3

अरे मईया झूले निमिया के डलिया हो रामा 2

होत भोरहरिया

जाइब देवी के दुवरिय हो रामा


बेला चमेली के, माला मगाइबे 3

सांगवा में नरियर चुनरिया हो रामा 2

होत भोरहरिया

जाइब देवी के दुवरिय हो रामा


हिय बसे मोरे मैया के सुरतिया 3

दिहे दरश मोरी मयरिया हो रामा 2

होत भोरहरिया

जाइब देवी के दुवरिय हो रामा


सुनीला अरज बाटे जबले जिनिगिया

पूजबे चरन बन पूजरिया हो रामा

होत भोरहरिया

जाइब देवी के दुवरिय हो रामा 


गीतकार श्री जितेंद्र सिंह जीत

गायन प विजय कपूर जी

Tuesday, March 17, 2026

चैती - नइहर से केहु ना आईले रामाबितले फगुनवा मैथली ठाकुर

नइहर से केहु ना आईले रामा

बितले फगुनवा



बाबा मोरा रहते त नौवां के पठावते

साड़ी संग चुडिया सेनुरा हो रामा

बितले फगुनवा

नैहर से केहु ना आईले रामा........


अम्मा मोरा रहती भैया के पठवती

भौजी के कठिन करेजा

बितले फगुनवा

नइहर से केहु ना आईले रामा

Saturday, March 7, 2026

चढ़ते फागुन के हों महीना देवरा पीछे पड़ल कमीना

चढ़ते फागुन के हों महीना 
देवरा पीछे पड़ल कमीना 
बैरी भइल बा हो फगुनवा न
अब घर आजा सजनवा न 

भइल बा दिवाना मुअना हमरी चाल पर
कइले बा आंख हमरी गोरे गोरे  गाल पर 

ओकर कइसे करीं भरोसा 
अचके में कर दीही धोखा 
बढ़ल बाटे ओकर मनवा न
अब घर आजा सजनवा न 

अगहीं से देता ऊ त हमरा के धमकी
तोही से खेलब रंग भउजी हो अबकी 
करबू केतनो तूं हूं चतुराई 
अबकी बृथा दांव न जाई
रंगब तोहरो सारा बदनवा न
 अब घर आजा सजनवा न 

करतानी फोन हम अइह जरुर जी
ना त 'सागर"देवरा करी मजबूर जी
गन्दी एकर नीयत बाटे
अब त दारू पीयत बाटे 
कर दीही कवनो घटनवा न
कि अब घर आजा सजनवा न

फगुआ में कहां अंझुरइलें हो बचवा काहें नाहीं अइलें

फगुआ के मस्ती सब झूमत औ गावत बा
लेके गुलाल रंग अंग अंग सब  लगावत बा
"सागर सनेही"बचवा अइलें ना घर हमरो 
बहे अंखियां से लोर याद माई के सतावत बा

फगुआ में कहां अंझुरइलें हो 
बचवा काहें नाहीं अइलें 
ममता के कइसे भुलि गइलें हो
बचवा काहें नाहीं अइलें 

सोचलीं कि अइहं त उबटन लगाइब 
दुःखवा दरिद्र उनके दूर हम भगाइब
ललसा अधूरा रह गइलें हो
बचवा काहें नाहीं अइलें 

पुआ, पकवान खूब निक हम बनइतीं 
बबुआ के हाथे अपनी हमहूं खियइतीं 
सपना पर पानी फिर गइलें हो
बचवा काहें नाहीं अइलें 

सागर सनेही कुछ कहलो ना जात बा
भीतर भीतर मन मोरा अकुलात बा
केवनी माया में परि गइलें हो
बचवा काहें नाहीं अइलें

अचके में नेहिया सनेहिया भुलाईबचवन के छोड़ि कहां गइलू ए माई

अचके में नेहिया सनेहिया भुलाई
बचवन के छोड़ि कहां गइलू ए माई

दिहलू जनमवा माई दुधवा पियवलू 
अपने भले ना खइलू हमके खियवलू
हीरा, मोती, लाल कहि अब के बोलाई
बचवन के छोड़ि कहां गइलू ए माई 

अंगूरी पकड़ि हमार चले तूं सिखवलू
दुनिया समाज के तूं रहिया देखवलू
दुखवा तूं दूर कइलू छाती से लगाई
बचवन के छोड़ि कहां गइलू ए माई 

भुखलू जिउतिया छठ कइलू तूं पूजा 
बचवन के खुशी मंगलू कुछ ना दूजा 
नजर उतारी के अब मरिचा जराई 
बचवन के छोड़ि कहां गइलू ए माई 

सब कुछ बाटे माई लागता अधूरा 
तोहरी कमी के माई के करी पूरा
सागर सनेही के बुद्धिया भुलाई 
बचवन के छोड़ि कहां गइलू ए माई

कइसे् लें आईं तोहरा के हार धनिया अब्बो नथुनी के बाकी उधार धनिया

कहली पत्नी पति से भये पांच साल किनले नथुनी
अब हार ले आव हे संइया बहुत दिन कुछ ना कहनी
कब्बो बाढ़ त कब्बो सूखा तोहरो बहाना खूब सुननी
"सागर"स्नेह नेह में तोहरी कबहूं कुछ हम ना मंगनी

कइसे् लें आईं तोहरा के हार धनिया 
अब्बो नथुनी के बाकी उधार  धनिया 

धीरे धीरे पांच साल बाटे नियराइल
नथुनी के पइसा ना अबले दियाइल
लाजे जांयी ना हमहूं बाजार धनिया 
कइसे लें आईं तोहरा के हार धनिया 

एक बात कहीं हम मान मोरी रानी 
सेनुरा सुहाग के ह असली निशानी
हम त हयीं सेनुरवा तोहार  धनिया 
कइसे लें आईं तोहरा के हार धनिया 

"सागर सनेही" हम करतानी वादा 
येह साल मेहनत करब हम ज्यादा 
देके पहिला उधार लेबें हार धनिया 
कइसे लें आईं तोहरा के हार धनिया

गीतकर सागर स्नेही जी

दुनिया के रीति नीति गजबे निराली बिना रे सजनवा गवन गोरी जाली

दुनिया के रीति नीति गजबे निराली 
बिना रे सजनवा गवन गोरी जाली 

अपने ना आवे पिया भेजें ना नाई
अचके में होखे लागे घर से विदाई 
नइहर के लोग संगे, नाहीं ससुराली 
बिना रे सजनवा गवन गोरी जाली 

बांस के डोली बाटे ललका ओहरवा 
घर ही के लोग बाग बनेले कहंरवा
पिया के नगरिया चलेले हाली हाली 
बिना रे सजनवा गवन गोरी जाली 

दान, दहेज में भी कुछ ना दियाता 
गुन,अवगुनवा के गठरी भर जाता 
"सागर सनेही"दूनों हाथ बाटे खाली 
बिना रे सजनवा गवन गोरी जाली

गीतकार सागर स्नेही जी

Tuesday, March 3, 2026

रहिया निहारे पिपरवा के छाव रेआजा परदेसिया बोलावे तोर गांव रे

रहिया निहारे पिपरवा के छाव रे

आजा परदेसिया बोलावे तोर गांव रे


याद करा तुहु पहिले के बतिया

होलिया के दिनवा आ होलिया के रतिया

फिर से उहे पिरितिया जगाव रे

आजा परदेसिया बोलावे तोर गांव रे


तोहरा बिना ई फगुनवा न सोहे

लाल गुलाबी अंगनवा न सोहे

केतनो पियाई चढ़त नइखे भाग रे

आजा परदेसिया बोलावे तोर गांव रे


सुनिके पपीहरा और मोरवा के बोलिया

लागे करेजवा में जैसे कि गोलियां

नीक न लागे कागा के काव रे

आजा परदेसिया बोलावे तोर गांव रे


अमवा इमिलिया के सुंदर बगिया

ग उ वा के लोगवा के मीठी मीठी बोलिया

कहे जितेंद्र वचनिया निभाव रे

आजा परदेसिया बोलावे तोर गांव रे


रहिया निहारे पिपरवा के छाव रे

आजा परदेसिया बोलावे तोर गांव रे


रचना गायन-:

जितेंद्र पांडेय जी 

अयोध्या उत्तर प्रदेश



Wednesday, February 25, 2026

मोहन संग खेलत राधा प्यारी बरसाने में होली

धूम मचल बा ,आज बिरज में

खेलत होरी मुरारी हो

राधा प्यारी संग में शोभत

रूप अति मनिहारी हो



मोहन संग खेलत राधा प्यारी 3

बरसाने में होली 2


केहू के भिगत पाग पगरिया 2

केहू के भिगत चोली

मोहन संग ......


केहु चटकट केहु मॅट कट आवे

केहु जोगीरा फ़ाग सुनावे

बा धूम मचल मधुबन गलियन में

जुटल गोपियन के टोली

मोहन संग ......


होली आई रे कन्हाई रंग बरसे सुना दे जरा बासुरी


राधा गोरी श्याम के रंग में हो गइल मतवाली

रंग गुलाल से चमकत चुनरी चमकत आओठ के लाली

देखी अति आनंद मगन मन भइले करत श्याम ठिठौली

बरसाने में होली 2

मोहन संग ......



Tuesday, February 24, 2026

एक प्यारा-सा गाँव, जिसमें पीपल की छाँव- सुदर्शन फ़कीर

एक प्यारा-सा गाँव, जिसमें पीपल की छाँव

छाँव में आशियाँ था, एक छोटा मकां था

छोड़ कर गाँव को, उस घनी छाँव को

शहर के हो गये हैं, भीड़ में खो गये हैं


वो नदी का किनारा, जिसपे बचपन गुज़ारा

वो लड़कपन दीवाना, रोज़ पनघट पे जाना

फिर जब आयी जवानी, बन गये हम कहानी

छोड़ कर गाँव को.....,


किनते गहरे थे रिश्ते, लोग थे या फ़रिश्ते

एक टुकड़ा ज़मी थी, अपनी जन्नत वहीं थी

हाय ये बदनसीबी, नाम जिसका गरीबी

छोड़ कर गाँव को.....,


ये तो परदेश ठहरा, देश फिर देश ठहरा

हादसों की ये बस्ती, कोई मेला न मस्ती

क्या यहाँ ज़िंदगी है, हर कोई अजनबी है

छोड़ कर गाँव को..….......





Saturday, February 14, 2026

होली गीत खेले मसाने में होरी दिगम्बर

खेले मसाने में होरी दिगम्बर

भुत पिसाच बटोरी दिगंबर

खेले मसाने में होरी,

लखि सूंदर फागुनी झता के,

मन से रंग गुलाल हटा के,

चिता बसम की झोरी

दिगंबर खेले मसाने में होरी,

नाचत गावत डमरू धारी,

छोडत सर पे गर्ल पिचकारी,

बीते प्रेत थपोरी दिगंबर

खेले मसाने में होरी,

भुत नाथ की मंगल होरी

,देख सिहाये ब्रिज की छोरी

,धन धन नाथ अगोहरी,

दिगंबर खेले मसाने में होरी,

गोप न गोपी श्याम न राधा,

ना कोई रोक न कोहनू वाधा

न साजन न गोरी,

दिगंबर खेले मसाने में होरी,



Thursday, February 12, 2026

विदाई गीत -: सुसुकि सुसिक रोंवे दुअरा पे बाबु

सुसुकि सुसिक रोंवे दुअरा पे बाबु

घरवा में रोवताड़ी माई न रे 

आज होइगइली बिटिया पराई न रे।


रहि रहि धधके करेजवा में अगिया

एक ही कोयल बिन सून भइली बगिया    

ना जाने फिर कब चहकी चिरइया,        

         जाने बहार कब आई न रे

आज होइगइली बिटिया पराई न रे


रखलीं जतन से बड़ा रे जोगा के

बहिंया के पलना में झुलना झुलाके

अंखिया से दूर गइली दिल के दुलरुई

केकरा से दुखवा बताईं न रे

आज होइगइली बिटिया पराई न रे


प्रीतिया के रीतिया ह गजबे निराली

कहीं के कली कहीं फूल बन जाली

"सागर सनेही" नेह दूनों ओर बांटे

दूगो परिवार के मिलाई न रे

आज होइगइली बिटिया पराई न रे।



काहें लायो नथुनिया उधार बालमाताना मारेला हमके सोनार बालमा

काहें लायो नथुनिया उधार बालमा
ताना मारेला हमके सोनार बालमा

नथुनी पहिनि हम गइलीं बजरिया
जइसे पड़ल मुअना के नजरिया
अंगुरी देखावे बार बार बालमा
काहें लायो नथुनिया उधार बालमा
ताना मारेला हमके सोनार बालमा

एक बात कहीं हम तोहसे सजनवा
अबला के आबरू, ह असली गहनवा
मान, मर्यादा ह सिंगार बालमा
काहें लायो नथुनिया उधार बालमा
ताना मारेला हमके सोनार बालमा

सागर सनेही संइया मान मोर बतिया
देई द उधार चाहे बेंचि द जजतिया
भलही घर में लागी केवाड़ बलमा
काहें लायो नथुनिया उधार बालमा
ताना मारेला हमके सोनार बालमा

रचना - विद्यासागर स्नेही

छुपके छुपाइके नजरिया सेहमके लेले अइह गजरा बजरिया से

छुपके छुपाइके नजरिया से
हमके लेले अइह गजरा बजरिया से

गजरा ले आके पिया केश में लगइह
प्यार विश्वास के उमिरिया बढ़इह
बाजी प्रीत के गीत सेजरिया से
हमके लेले अइह गजरा बजरिया से

गजरा त ह पिया प्यार के निशानी
करिह ना कबहूँ तूं येसे बेइमानी
ना त गिर जइब हमरी नजरिया से
हमके लेले अइह गजरा बजरिया से

हमरा के हरदम दिलवा में रखिह
सागर सनेही से बाकी कुछ सीखिह
रहिह बन्हल तूं प्रेम की रसरिया से
हमके लेले अइह गजरा बजरिया से

रचना श्री विद्यासागर स्नेही जी

संसार के लोगों से आशा ना किया करना

संसार के लोगों से आशा ना किया करना,

जब कोई न हो अपना, श्री राम जपा करना।


जीवन के समंदर में तूफ़ान भी आते हैं,
जो प्रभु के भरोसे हैं, प्रभु आप बचाते हैं,
वो खुद ही आएँगे, तुम नाम जपा करना,
तुम नाम जपा करना, श्री राम जपा करना,
संसार के लोगों से आशा ना किया करना,
जब कोई न हो अपना, श्री राम जपा करना।

दावा ना जमा लेना ये देश बेगाना है,
इस घर में तो प्राणी, वापिस नहीं आना है,
मेरे राम की किरपा से, तुम भजन किया करना,
तुम भजन किया करना, श्री राम जपा करना,
संसार के लोगों से आशा ना किया करना,
जब कोई न हो अपना, श्री राम जपा करना।

हे दास न रो दुःख से, प्रभु तुम से दूर नहीं,
भक्तों का दुखी होना, प्रभु को मंजूर नहीं,
आता है सदा उनको भक्तों पे दया करना,
भक्तों पे दया करना, श्री राम जपा करना,
संसार के लोगों से आशा ना किया करना,
जब कोई न हो अपना, श्री राम जपा करना।

संसार के लोगों से आशा ना किया करना,
जब कोई न हो अपना, श्री राम जपा करना।
संसार के लोगों से आशा ना किया करना,
जब कोई न हो अपना, श्री राम जपा करना।

होली गीत -: रसिया ना माने रे मोरानैनो में डारे अबीर 2

रसिया ना माने रे मोरा नैनो में डारे अबीर 2

सावरिया  नैनो में डारे अबीर


बरजत  रहनी , बरजियो न माने 2

खेलत यमुना के तीर 2

बिलखत गोरी लाल भयो नयना

श्याम  बुझे नही पीर

सावरिया  नैनो में डारे अबीर


ओरहन देत सुनयना ही मैया

सखी सब होत अधीर

यगति लागावे भाग चलन को

श्याम न अम जंजीर सावरिया


रसिया ना माने रे मोरा

नैनो में डारे अबीर 2

सावरिया  नैनो में डारे अबीर


होली खेले घनश्याम, वृंदा वन में धूम माचो रे 2

होली खेले  घनश्याम, वृंदा वन में धूम माचो रे 2

होली खेले घनश्याम होली खेले 2

होली खेले  घनश्याम 2, वृंदा वन में धूम माचो रे 2


रंगवा अबिरिया उड़ावे ले मुरारी

उड़ावे ले मुरारी 2

लाली चुनर में  भिगेली राधा प्यारी

भिगेली राधा प्यारी 2

अरे बजेला मजीरा ढोलक झाल हो 2

वृंदा वन में धूम माचो रे.......


देवघर में खेलत बाणे होली वैद्यनाथ जी

होली वैद्यनाथ जी 2

मैया  पार्वती जी देत बाड़ी साथ जी

देत बाड़ी साथ जी 2

फागुन में झूमे ला चारो धाम हो

वृंदा वन में धूम माचो रे............


अवध में  बनत बा खुबे पकवान जी

खुबे पकवान जी

राम जी के संग रंग खेले हनुमान जी

खेले हनुमान जी

अरे केकर केकर धरी हम नाम हो 2

वृंदा वन में धूम माचो रे............