कहे के त सभे केहू आपन
आपन कहावे वाला के बा - 2
सुखवा त सभे केहू बाटे,
दुखवा बंटावे वाला के बा
कहे के त सभे केहू आपन ...
डेगे डेगे ठेस लागे जाये केहू केन्हु
पत्थरा के देखली जहान
हो डेगे डेगे ठेस लागे जाये केहू केन्हु
पत्थरा के देखली जहान
केकरा पे करे केहू जग में भरोसा
जहर भरल मुस्कान
सपना के दियवा आ..आ…
सपना के दियवा धुंआईल
ज्योत जगावे वाला के बा
कहे के त सभे केहू आपन आपन कहावे वाला के बा
अपना गरज पे त झुकी आवे दुनिया
फिर बनी जाए अनजान
हो अपना गरज पे त झुकी आवे दुनिया
फिर बनी जाए अनजान
इहवां त जे भी मिले रुपवा बदली के
कठिन भईल पहचान
हहरेला अंखियां आ..आ…
हहरेला अंखियां पियासल
हियवा जुरावे वाला के बा
कहे के त सभे केहू आपन आपन कहावे वाला के बा
फिल्म : गंगा किनारे मोरा गांव (Film: Ganga Kinare Mora Gaon)
गायक : महेन्द्र कपूर व साथी (Singer: Mahendra Kapoor & Chorus)
गीतकार: लक्ष्मण साहाबादी (Lyrics: Laxman Shahabad)
संगीतकार: चित्रगुप्त (Music: Chitragupta)
लेबल: टीसीरीज (Lable: T-Series)
0 comments:
Post a Comment